हेलो दोस्तों नमस्ते तीज गीत बहुत ही सुंदर मनमोहक पारंपरिकत तीज गीत ,,,बूखल बनी ऐ बाबा तीज के वरतिया जायेदा बाबा ना हमें गंगा स्नानवा ,,इस गीत को जरूर सुने और सभी सुहागन को तीज की ढेर सारी बधाई शंकर भगवान माता गौरा का आशीर्वाद और मेरे चैनल को ज्यादा ज्यादा शेयर सपोर्ट सब्सक्राइब कीजिए धन्यवाद्
भूखल बानी ऐ बाबा तीज के वरतिया जाए दा बाबा ना
हमके गंगा स्नानवा जाए दा बाबा ना…२
कइसे के जईबू बेटी गंगा स्नानवा तोहर ससुरा ना
धईले होहिह कररवा तोहार ससुर ना..२
चिल्होरिया बनके जेइबो चिरैया बनके अइबो
चदरिया ओढ़ के ना करबो गंगा स्नानवा…२
भूखल बानी य चाचा तीज के बरतिया जाएदा चाचा ना
हमके गंगा स्नानवा जाये दा चाचा ना..२
कईसे के जईबु बेटी गंगा स्नानवा….२
तोहार भसरू ना होईह नदिया के तिरवा ..२
चिल्होरिया बनके जेइबो चिरैया बनके अइबो…२
चदरिया ओढ़ के ना करबो गंगा स्नानवा…२
भूखल बानी ऐ भईया तीज के वरतिया जाए दा भईया ना
हमके गंगा स्नानवा जाये दा भइया ना..२
कइसे के जईबू बहना गंगा स्नानवा
तोहार देवरु ना खेलत होहिह गंगा तिरवा
चिल्होरिया बनके जईबो चिरैया बनके अइबो
चदरिया ओढ़ के ना करबो गंगा स्नानवा….२